दिल्ली के कला प्रेमियन खातिर ई सप्ताह ख़ास रहल, कारण रहे ललित कला अकादमी में सप्ताह भर से चल रहल चित्रकला प्रदर्शनी. जहवां देश के कईगो चित्रकार अपना पेंटिंग्स के प्रदर्शित कइले.
सूरीनाम के पारामारीबो जिला में 18 अप्रैल के "सूरीनाम में हिंदुस्तानी" पुस्तक के लोकार्पण भइल. सूरीनाम के शिक्षा आ संस्कृति मंत्रालय के निदेशक(सचिव) स्टेनली सिदूल ए प्रयास खातिर लेखिका भावना सक्सैना के बधाई देहले.
वीर कुंवर सिंह फाउंडेशन राष्ट्रपति प्रांगण में विजयोत्सव मनवलस. ए समारोह के मुख्य अतिथि राष्ट्रपति प्रतिभा सिंह देवी पाटिल वीर कुंवर सिंह के फोटो पऽ फूल चढ़ा के श्रद्धांजलि देहली. ए मौका पऽ राष्ट्रपति कहली कि वीर योद्धा उहे होला जे समय अउर काल में ना बंधल होला.
बिहार में अब महकत पौधन से महकी लोगन के घर-परिवार. सरकार औषधीय अउर सुगंधित पौधन के खेती खातिर किसानन के इ खयाल रखी कि एकरा अच्छा आय होखे. कृषि क्षेत्र के जानकारो मानत बाड़न कि बिहार में औषधीय पौधन के खेती के बहुते सम्भावना बा.
बॉलीवुड के अनुभवी निर्देशक श्याम बेनेगल अउर अभिनेत्री माधुरी दीक्षित के ए साल के राजकपूर पुरस्कार से सम्मानित कइल जाई. महाराष्ट्र सरकार ए सम्मान के शुरुआत कइले बिया. मुख्यमंत्री पृथ्वीराज चव्हाण एकर घोषणा कइलन.
भोजपुरी फिल्मन के मेगा स्टार अउर लोकप्रिय गायक मनोज तिवारी अब एगो नया संगीतमय रियलटी शो ‘भारत की शान’ के संचालन करिहें. ए शो के निर्माण म्यूजिकल शो के सशक्त पहिचान बना चुकल गजेन्द्र सिंह के कंपनी साई बाबा टेलीफिल्म्स कइ रहल बिया.
पटना में गंगा नदी पऽ एगो अउरी पुल बनी. एकरा खतिर केंद्रीय भूतल परिवहन मंत्रालय से हरी झंडी मिल गइल बा. मंत्रालय जल्दीए एकरा खातिर एनओसी जारी करी. एकरा से उत्तर बिहार के लाइफ लाइन महात्मा गांधी सेतु के फुटपाथ अउर रेलिंग तोड़े के पड़ी.
बिहार भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष प्रो. रवि कान्त दुबे बिहार के राज्यपाल महामहिम श्री देवानंद कुंवर से राज भवन में मुलाकात कइले.
काशीनाथ सिंहजी से हमार पहिला मोलाकात 1968 में काशी हिंदू विश्वविद्यालय में भइल. ऊ हिंदी विभाग के युवा अध्यापक रहले अउर हम उनकर युवा शिष्य. काशीनाथ जी युवा रहले, एहनाते युवा लोग के साथे समय बितावल जादा पसंद करत रहले.
ऐश्वर्या अपने लइकी के साथे हॉस्पिटल से घरे आ गइलीं. मंगलवार शाम के अमिताभ अउर अभिषेक दूनों के हॉस्पिटल से घरे लेअवले.अपने घर के एह नयी सदस्य के बारे में अमिताभ अउर अभिषेक पहिली बेर खुल के मीडिया से बात कइले. अमिताभ कहन कि ऐश्वर्या के नॉर्मल डिलिवरी भइल.
रउआ सब कुछ क गुजरे के तइयार रहेनी, अगर रउरा पता होखे कि ओकर परिणाम सकारात्मक आ सार्थक होई. एही कड़ी में इंडियन इंस्टीट्यूट ऑफ प्लानिंग एंड मैनजमेंट (आईआईपीएम) छवगो अइसन हस्तियन के भारतीय मानवता विकास पुरस्कार देलस जवन लोग अइसने सकारात्मक अउर सार्थक परिवर्तन समाज में कइलन. ई छवो हस्ती समाज के विभिन्न वर्ग से जुड़ल रहे
हैरी पाटर के स्टार राल्फ फिनेस अउर माइकल गैंबन प ब्रिटेन में डाक टिकट जारी कइल गइल बा. दूनों कलाकार ब्रिटिश नागरिक बाड़न.
दहेज के झगड़ा या फेर तलाक के कारण मेहरारून में आत्महत्या के बात त आम बा बाकिर अइसन विवाद में पड़के पुरूष भी आत्महत्या करेलन. 2009 में जहवां दहेज विवाद के चलते 73गो पुरूष मौत के गले लगवले.
भगवान कृष्ण के भक्त नरसिम्हा दास के भोरे-भोर आपन काम प निकले के होला. नरसिम्हा वृंदावन में अक्षय पात्र फाउंडेशन के ओह खाद्य कार्यक्रम के कर्ता-धर्ता हवन जवना के दुनिया के सबसे बड़ मिशन में शुमार कइल जा सकेला. अक्षय पात्र के रसोई में एक साथे हजारों बच्चन खातिर भोजन पकेला. नरसिम्हा के बच्चा सब के समय से भोजन देवे के बा एह नाते उनका दिन के शुरुआत अउर लोग से पहिले होखल स्वभाविक बा.
बीतल दशक में पंजाब दलितन के प्रतिरोध अउर बंत सिंह के संघर्ष के देखले बा. ई संघर्ष पंजाब के समाज में भीतर तक घुसल जातीय भेदभाव के उजागर करे के दिशा में एगो उमेद के किरण देखवले बा.