An IIPM Initiative
शुक्रवार, मई 24, 2013
 
भोजपुरी के 20 कहानी

'परदेस...' 'परदेस...'
" ऊ बिल्डिंग से नीचे उतरल तब गार्र्डेन वाला कोना प लोग जमा रहे. ऊ आपन मोटरसाइकिल स्टार्ट करे लागल त कई लोग ओकरा के घूम के देखल. एगो अनजान डर ओकरा रीढ़ के हड्डी में रेंग गइल रहे. पता ना काहे आजकाल ऊ जब आपन ऑफिस से वापिस आवेला तब आ जब दफ्तर जाए खातिर बाहर निकलेला तब बिल्डिंग के आस-पास कुछ लोग के एके होके रहस्यमय ढंग से बतियावत देखेला. फेर मय दिन ऊ दफ्तर आ घर में तनाव से तडफ़ड़ात बेचैन रहेला. "

आतंकवाद के नक्शा पऽ 'दरभंगा मॉड्यूल'

कालचक्र के विडंबने बा कि कबो ज्योतिष अउर शास्त्र के गूढ़ रहस्यन के जाने-बूझे खातिर लोग देश के कोना-कोना से मिथिलांचल में आवत रहे, बाकिर अब आतंकियन के खोजत उहां कबो मुंबई पुलिस पहुंचत बिया तऽ कबो दिल्ली पुलिस. हालत ई हो गइल बा कि देश के कवनो हिस्‍सा में आतंकी विस्फोट होते ओकर तार मिथिलांचल से जुड़ जा रहल बा. अहमदाबाद में सीरियल ब्लास्ट भइल अउर राष्ट्रीय जांच एजेंसी एनआईए खोज शुरू कऽ दीहलस समस्तीपुर में. जेकर तलाश जारी बा- ओकर नाम हऽ तहसीन अख्तर उर्फ मोनू. ऊ समस्तीपुर के मनियारपुर गांव के जवान हऽ. ऊ हऽ- इंडियन मुजाहिदीन के कट्टर समर्थक अउर आतंक के खास ट्रेनिंग प्राप्त फर्राटादार अंग्रेजी बोले वाला स्मार्ट युवक. ओकरा पऽ मुंबई पुलिस 10 लाख के ईनाम नवजले बिया. ओकरा बम बनावे में महारत हासिल बा. ऊ पाकिस्तान से आइल आतंकियन से खास प्रशिक्षण प्राप्त कइले बा. हाल के दिनन में

विस्तार से

किशोर अपराधियन के कारस्तानी बिहार पुलिस के बढ़ल परेशानी

बिहार में बाल अपराधियन के कारस्तानियन से पुलिस प्रशासन हिल गइल बा. बाल अपराध के मामला पटना तक ही सीमित नइखे बलुक दोसर जिलन में भी वायरस के तरे फइलत जा रहल बा. पटना से संजय उपाध्याय के रिपोर्ट...

इतिहास के पाती

जयप्रकाश नारायण के पाती विनोबा भावे के नामे

तत्कालीन राष्ट्रपति राजेंद्र बाबू के मन राजनीति से भर गइल रहे. अब ऊ समाजसेवा करऽल चाहत रहन. एही विषय पऽ राय-मशविरा खातिर ऊ जयप्रकाश नारायण के अपना पास बोलवले अउर उनका सोझा आपन मन के बात रखले.

 
अउरो देखीं

कहां के राजा भोज कहां के भोजपुरी?

राजा भोज भोपाल के अउर भोजपुरी बिहार के? ई कइसे हो गइल. ई सवाल जब हम मध्य प्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान के सोझा रखनी तऽ एकबारगी ऊ अवाक रह गइलें. जब उनका मुंह से कवनो शब्द ना निकलल. तऽ हम फेर उनका से कहनी- रउआ या तऽ राजा भोज के साथे भोजपुरी के रिश्‍ता के स्वीकार करीं, चाहे इंकार करीं आ चाहे एह विषय पऽ शोध कराई. तनिका देर खामोश रहला के बाद शिवराज सिंह कहलन हम जरूर एह पऽ शोध कराइब. पीपली लाइव फिलिम के गाना याद करीं - सखी संइयां तो खूबै कमात हैं, महंगाई डायन खाये जात है. ई गाना मध्य प्रदेश के एगो लोकगीत पऽ आधारित बा. एह गाना में भोजपुरी के पुट साफ-साफ लउकता. मध्य प्रदेश में इतिहास प्रसिद्ध राजा भोज के मौजूदगी के जतना अकाट्य प्रमाण बा ओतनहीं बिहार में मालवा के परमार वंशीय राजा भोज के भाग के आवे आ डुमरांव में नगर बसावे के प्रमाण बा. माने ई कि मालवा के राजा भोज आ भोजपुरी के
1 | 2 | 3 | 4 | 5
 

ब्लॉग

चीन साइबर युद्ध के पूरा तइयारी में बा, भारत अबहियों सूतल बा!

हो सकेला कि पश्चिमी देशन के ओर से अटकावल रोड़ा सब के वजह से गणराज्य चीन औद्योगिक क्रांति के बारे में शुरुआती तौर पऽ अपेक्षित सफलता हासिल करे में पिछड़ गइल होखे बाकिर आजु स्थिति ई बिया कि ऊ लोग कहवां बा अउर चीन पिछला साढ़े तीन बरिस में आर्थिक विकास के उतार-चढ़ाव भरल दौर के बादो उभरत आर्थिक ताकत बा. अतीत से सीखत चीन आजु आभासी क्रांतियो के अगुवा बने के पूरा तरे बेताब बा, अतने ना ऊ एह क्षेत्र में जादा से जादा संभावित सफलता हासिल कऽ लीहल चाहत बा. सांच तऽ ई बा कि दोसर देशन के साथे साइबरवार के सघन प्रतिस्पर्धी आभासी दुनिया में ऊ एगो कदम आगे ही बा. एहू बेर ऊ सुस्त पड़े वाला नइखी, बलुक ऊ आपन सबसे चहेता लक्ष्य यानी सुपर पावर बने के ओर तेजी से बढ़ रहल बा!
अरिंदम चौधरी

नकदी के भुनावे के कोशिश

बहस अउर तर्क के श्रृंखला के बाद मौजूदा सरकार आखिर में सीधा सब्सिडी के खराबी के एहसास कइलस अउर सीधा नकद हस्तांतरण के लागू करे खातिर आपन इरादा के घोषणा कइलस. एकरा में कवनो शक नइखे कि सब्सिडी हमेशा अउर शायदे ही कवनो अपना असली लाभार्थियन तक पहुंचल होखे. हमेशा देखल जाला कि सब्सिडी निर्धारित सीमा के नीचे वालन खातिर होखेला अउर ओकर लाभ उनका मिलेला जे तय सीमा के शीर्ष पऽ होखे. एह तरे, आम भारतीयन से कर के रूप में एकत्र धन के लाभ उनका के नइखे मिल पा रहल जेकरा खातिर जुटावल गइल रहे बलु‍क ऊ धन अपरोक्ष रूप से अमीरन के खजाना में पहुंच जात बा.
प्रसून एस. मजूमदार

खाली झुनझुन्ना से ना मानी भोजपुरिया लोग

बात भोजपुरी समेत मय भारतीय भासा बोले वाला लोगन के रोजी रोजगार से जुड़ल बा. भोजपुरिया लोग खाली अठवां अनुसूची के मान्यता के झुनझुन्ना से फुसुले वाला नइखे. एकरा चाहीं एकर वाजिब हक....
ओंकारेश्वर पांडेय

एगो जहरीला कहानी

एनिमल प्लैनेट पऽ ऊ भरल पड़ल बाड़े. नेट जियो वाइल्ड के भी ईहे हाल बा. एह तरे समझीं कि चैनलन पऽ सांप अउर नयका जमाना के सपेरा (हरपेटोलॉजिस्ट) भरल बाड़े. ऑस्टिन स्वीवेंस, जेफ कॉरविन, ब्रैडी बार (जे लोग ई सब शुरू कइल) आ दिवंगत स्टीव अर्विन के साथे सांपन से खेले वाला अपना गेरी मार्टिन जानवरन से जुड़ल चैनलन पऽ प्राइम टाइम पऽ नजर आ रहल बाड़े. ई लोग कार्यक्रम के बहुत दिलचस्प बना देवेलन. अतना तऽ हम दावा से कह सकत बानी. कूकुर-बिलारिन के चाहे वाला लोग अउर ईहां तक कि बानर आ सफेद चूहन के पसंद करे वालन के भी सांप के नाम सुनते झुरझुरी आ जाला.
प्रशांतो बॅनर्जी
 
वेब एक्सक्लूसिव

'मजाल केकर बा जे आंखि देखा दी'

ई जानके सुखद अचरज होई कि इंडियन आर्मी के वाइस चीफ लेफ्टिनेंट जनरल एस के सिंह (श्रीकृष्ण सिंह) भोजपुरिया हवन. उनकर जनम बिहार राज्य के भोजपुर जिला के करथ गांव के एगो मध्यमवर्गीय राजपूत परिवार में भइल रहे. लरिकाईं में ही देश खातिर लड़े के अइसन जज्बा पैदा भइल कि ई जवानी से पहिले जुनून बन गइल. एही जुनून आ अपना लक्ष्य के प्रति अनथक मेहनत के नतीजा रहल कि श्री सिंह आज इंडियन आर्मी के ओह ओहदा तक पहुंच गइलन जवन केहू खातिर सपना भर हो सकेला. एह पऽ भोजपुरियन के गर्व बा. पिछला दिन ऊ धर्मपत्नी कुसुम सिंह के साथे अपना गांवे आइल रहन. स्वभाव से बेहद सरल, भावुक आ मिलनसार लेफ्टिनेंट जनरल सिंह रोहतास के ओह हाई स्कूल के भी दौरा कइलन, जहवां के हॉस्टल के रूम नंबर आठ में उनका बचपन के कुछ साल गुजरल रहे. पहुंचते भावुक हो गइलन. गुरूजनन के पांव छू के आशीर्वाद लीहलन. सहपाठियन से मुलाकात भइल. अपना स्

 तारीख: अप्रैल 18, 2000

द संडे इंडियन प बा नाज

"द संडे इंडियन एगो व्यापक पत्रिका बा. ई पत्रिका बहुते प्रभावित करे वाली समाचार के प्रकाशित करेला. हमार शुभकामना हमेशा एह समूह के साथे बा. "

रविशंकर प्रसाद

बीजेपी नेता आ राज्यसभा के सदस्य
राउर विचार
का विदेशी फंडिंग के बंदरबांट रोकला में सरकार के हाथ काम नइखे करत ?
आज के कथन

"रउआ एगो सिरफिरल व्यक्ति के बात कऽ रहल बानी, जवन खबर में बने रहे खातिर एह तरे के बयान देत बा. अइसन बंदरघुड़की से बिहार में केहू डरे वाला नइखे."


बिहार के मुख्‍यमंत्री नी‍तीश कुमार, राज ठाकरे पऽ पलटवार करत
झकास फोटो

जिजेले के नौटंकी

बिपाशा के लो कट ब्लाउज प सब के नजर

बिहार के कमल महकल विश्व में

नैनो के टक्कर में RE-60

फिल्म प्लेयर के प्रमोशन

ममता के मातृशोक

शराब के कहर

जिनगी के बदला मिलल मौत

मोहर्रम

रउआ इयाद में

भोजपुरी के सम्मान

नारी शक्ति के मिलल सम्मान

नाट्यांजलि

इंडो फ्रेंच फेस्टिवल

धरना

वर्ल्‍ड कप कबड्डी

ईद मुबारक

छठ पूजा

दिल्‍ली हाईकोर्ट के बाहर धमाका

मैनेजमेंट गुरू के नया किताब