भारतीय खिलाड़ी सायना नेहवाल आजु लंदन ओलम्पिक के बैडमिंटन के मेहरारुअन के प्री-क्वार्टर फाइनल मैच में आपन चुनौती पेश करीहन. अइसना में सभे के निगाहें उनके ऊपर लागल बा. एकरा अलावा कइगो दोसर भारतीय अलग-अलग स्पर्धाओं में आपन चुनौती पेश करीहन.
लंदन ओलम्पिक भले ही 27 जुलाई से शुरू हो रहल बा बाकिर उहंवा के माहौल में ढले खातिर भारतीय मुक्केबाजन के दल आज भिनसहरे ओहिजा खातिर रवाना हो गइल.
यूरो कप फुटबाल के फाइनल में रविवार के इटली के 4-0 से पछाड़ के स्पेन लगातार दूसरा बेर एह प्रतियोगिता में आपन जीत दर्ज कइले बा. एकरे साथे स्पेन तीनगो बड़हल प्रतियोगिता के फाइनल लगातार जीत के इतिहास रचले बा.
स्पेन के राफेल नडाल सर्बिया के नोवाक जोकोविक के हराकर बरिस के दूसरा ग्रैंड स्लैम फ्रेंच ओपन के पुरुष एकल खिताब जीतले बाड़े. रिकार्ड सातवीं बार चैम्पियन बने वाला नडाल विश्व के सर्वोच्च वरीयता प्राप्त खिलाड़ी जोकोविक के 6-4, 6-3, 2-6, 6-5 से हरवले.
एम.ए. चिदम्बरम स्टेडियम में आईपीएल में सोमवार के खेलल गइल मुकाबला में कोलकाता नाइटराइडर्स चेन्नई सुपरकिंग्स टीम के पांच विकेट से हरा देहलस. एह जीत के बाद नाइटराइडर्स टीम 13 अंक के साथे अंक तालिका में दूसरा स्थान पऽ बिया.
पिछला कुछ मुकाबलन में जीत के विजय रथ पऽ सवार दिल्ली डेयरडेविल्स टीम मंगलवार के सवाई मानसिंह स्टेडियम में राजस्थान रॉयल्स के खिलाफ दूसर जीत दर्ज करे उतरी. दूसरा ओर, राहुल द्रविड़ के कप्तानी वाला रॉयल्स टीम पिछला हार के हिसाब बराबर करे के कोशिश करी.
भारत के सर्वोच्च वरीयता प्राप्त महिला बैडमिंटन खिलाड़ी सायना नेहवाल इंडिया ओपन सुपर सीरीज टूर्नामेंट से बाहर हो गइल बाड़ी. सायना के गुरुवार के दूसरा दौर में कोरिया के युओन जू बेई 21-19, 21-10 से हरा देहले.
मंगलवार के सुब्रत रॉय सहारा स्टेडियम में पुणे वॉरियर्स अउर दिल्ली डेयरडेविल्स आमने-सामने होंइहें. ए मुकाबला में दिल्ली के कप्तान वीरेंद्र सहवाग हर हाल में शनिवार के मिलल हार के हिसाब पुणे के कप्तान सौरव गांगुली से चुकता करल चहिहें.
बल्लेबाजी में तिलकरत्ने दिलशान अउर अब्राहम डिविलियर्स के शानदार प्रदर्शन से सवाई मानसिंह स्टेडियम में सोमवार के रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर, राजस्थान रॉयल्स के 46 रन से हरा देहलस.
विस्फोटक बल्लेबाज क्रिस गेल के धुआंधार पारी के बदौलत रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर टीम किंग्स इलेवन पंजाब के पांच विकेट से हरा देहलस. गेल 56 गेंद पऽ 87 रन के पारी खेललन. ए पारी गेल आठ चौका अउर चार छक्का लगवलन. गेल के मैन ऑफ द मैच चुनल गइल
पंजाब क्रिकेट संघ स्टेडियम में शुक्रवार के किंग्स इलेवन पंजाब के सूरमा रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर से भिडि़हें. कोलकाता नाइटराइडर्स से मुकाबला हार चुकल किंग्स इलेवन पंजाब जीत के इरादा से उतरी.
दिग्गज बल्लेबाज केविन पीटरसन (नाबाद 103) के शतक से दिल्ली डेयरडेविल्स गुरुवार के फिरोजशाह कोटला मैदान में डेक्कन चार्जर्स के पांच विकेट से हरा देहलस. दिल्ली डेयरडेविल्स नौ टीमन के तालिका में पहिला स्थान पऽ आ गइल बिया.
वीरेंद्र सहवाग के कप्तानी वाला दिल्ली डेयरडेविल्स टीम गुरुवार के फिरोजशाह कोटला मैदान प डेक्कन चार्जर्स के हराके लगातार तीसरी जीत दर्ज करे के प्रयास करी. डेयरडेविल्स अपना दू मुकाबला में चेन्नई सुपर किंग्स अउर मुम्बई इंडियंस के पटखनी देले बा.
चिन्नास्वामी स्टेडियम में मंगलवार के खेलल गइल इंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल) के लीग मुकाबला में मुम्बई इंडियंस टीम रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर के नौ विकेट से हरा दीहलस.
बॉलीवुड किंग मानल जाए वाला शाहरुख खान के आखिकार सौरव गांगुली याद अइलें. आईपीएल टीम कोलकाता नाइट राइडर्स (केकेआर) के सह-मालिक शाहरुख खान घरेलू मैदान ईडन गार्डन्स प डेक्कन चार्जर्स प मिलल जीत प बेहद खुशी जतवलें