राजा भोज भोपाल के अउर भोजपुरी बिहार के? ई कइसे हो गइल. ई सवाल जब हम मध्य प्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान के सोझा रखनी तऽ एकबारगी ऊ अवाक रह गइलें. जब उनका मुंह से कवनो शब्द ना निकलल. तऽ हम फेर उनका से कहनी- रउआ या तऽ राजा भोज के साथे भोजपुरी के रिश्ता के स्वीकार करीं, चाहे इंकार करीं आ चाहे एह विषय पऽ शोध कराई. तनिका देर खामोश रहला के बाद शिवराज सिंह कहलन हम जरूर एह पऽ शोध कराइब. पीपली लाइव फिलिम के गाना याद करीं - सखी संइयां तो खूबै कमात हैं, महंगाई डायन खाये जात है. ई गाना मध्य प्रदेश के एगो लोकगीत पऽ आधारित बा. एह गाना में भोजपुरी के पुट साफ-साफ लउकता. मध्य प्रदेश में इतिहास प्रसिद्ध राजा भोज के मौजूदगी के जतना अकाट्य प्रमाण बा ओतनहीं बिहार में मालवा के परमार वंशीय राजा भोज के भाग के आवे आ डुमरांव में नगर बसावे के प्रमाण बा. माने ई कि मालवा के राजा भोज आ भोजपुरी के
जब भी भारत अफगानिस्तान के मदद करे के कोशिश करेला तऽ पाकिस्तान के कुछ-कुछ होखे लागेला. शायद पाकिस्तान के लागेला कि दक्षिण एशिया के मुस्लिम राष्ट्रन से करीबी बढ़ावे के हक खाली ओकरे बा. बाकिर पाकिस्तान अउर अफगानिस्तान के ऐतिहासिक रिश्ता बा बाकिर जब भी भारत अफगानिस्तान के करीब जाये के चाहेला तऽ पाकिस्तान के तकलीफ होखे लागेला. अइसन का बा कि भारत अउर अफगानिस्तान के रिश्ता बेहतर भइल पाकिस्तान के फूटलो आंखिन ना सोहाला. का ओह के एह बात के डर बा कि अगर भारत अउर अफगानिस्तान के रिश्ता बहुत बेहतर हो गइल तऽ अफगानिस्तान से उनकर आपन रिश्ता बिगड़ जाई?
अगर टैक्स जमा करे के केहू तरे देशभक्ति से जोड़ के देखल जाई तऽ भारत में तस्वीर बहुत अन्हार नजर आई. राजस्व विभाग हालही में अइसन 35,000 लोगिन के नोटिस जारी कइले बा जे आयकर रिटर्न जमा नइखे कइले. कुछ सप्ताह पहिले भी अतने लोगिन के अइसने नोटिस भेजल गइल बा. बाकिर अचंभित करे वाली बात ई हऽ कि जवना 70,000 लोगिन के नोटिस जारी कइल गइल बा ओह में से खाली 10,000 लोग एह बात के जरुरत समझलस कि एह पत्रन के जवाब में ऊ आपन आय घोषित कऽ के आपन आयकर रिटर्न जमा करस. एह से राजस्व विभाग पऽ जबरदस्त दबाव बन रहल बा जवना से एह वित्तीय वर्ष में प्रत्यक्ष कर के मद में 5.65 लाख करोड़ रुपया इक_ा करे के लक्ष्य निर्धारित कइल गइल बा.
काम वाली बाई लोग के डिमांड बढ़ते जा रहल बा. शहरीकरण अउर पलायन के चलते ई मांग अउर तेज होत जा रहल बा. घरेलू अर्थशास्त्र में काम वाली बाई के महत्वपूर्ण स्थान हऽ बाकिर तबो एह क्षेत्र के संगठित करे खातिर कवनो ठोस कदम नइखे उठावल जा रहल. केहू के भी एह ओर धेयान नइखे. लाटिन अमेरिका, कैरिबियन अउर अफ्रीका के देशन में घर में काम करे वाला लोगन के सामान्य श्रमिकन के श्रेणी में शामिल कऽ लीहल गइल बा. एह तरे उनका कानूनी कवच मिल गइल बा एह से उनका समान अधिकार, सप्ताहांत पऽ छुट्टी अउर न्यूनतम वेतन के अधिकार मिल गइल बा.
बिहार के मुजफ्फरपुर जिला के पारू थाना क्षेत्र में रविवार के देर रात कथित रूप से जहरीली शराब पीये से 5गो लोगन की मौत हो गइल जबकि 6गो लोग अस्पताल में भर्ती बा.
बिहार के राजधानी पटना के शास्त्रीनगर थाना क्षेत्र अंतर्गत आवे वाला पटेल नगर में झारखंड के एगो विधायक के घर में उत्तर प्रदेश के चंदौली के एगो युवती के साथे कथित रूप से सामूहिक दुष्कर्म कइल गइल.
न्यायमूर्ति अल्तमस कबीर आजु देश के 39वां प्रधान न्यायाधीश के रूप में शपथ ग्रहण कइले. राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी राष्ट्रपति भवन में आयोजित एगो समारोह में आजु सुबेरे 11.30 बजे न्यायमूर्ति कबीर के शपथ दिलवलन.
देश के पहिला राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार ब्रजेश मिश्रा के सोमवार के अंतिम संस्कार कइल जाई. हृदय रोग के चलते काल्ह रात उनकर निधन हो गइल.
बिहार के वैशाली जिला के पातेपुर प्रखंड के सुक्की गांव में शुक्रवार के देर रात संदिग्ध नक्सली धावा बोल के उप प्रमुख अउर उनका बेटा के हत्या कऽ दिहलन.
बिहार के सीवान जिला के चाप ढाला रेलवे फाटक पऽ बुधवार के एगो इंजीनियरिंग कॉलेज के छात्रन के लेकर जा रहल एगो बस के ट्रेन के चपेट में आ जाये से बस पऽ सवार सात गो छात्रन के मौत हो गइल.
ऑल इंडिया स्टूडेंट्स यूनियन (आईसा) जवाहर लाल नेहरू विश्वविद्यालय छात्रसंघ (जेएनएसयू) के 4गो में से तीन सीट पऽ कब्जा जमवले बिया, जबकि स्टूडेंट्स फेडरेशन ऑफ इंडिया-जेएनयू (एसएफआई-जेएनयू) अध्यक्ष पद पऽ कब्जा कइले बिया.
कांग्रेस समर्थित भारतीय राष्ट्रीय छात्र संघ (एनएसयूआई) के उम्मीदवार दिल्ली विश्वविद्यालय छात्र संघ (डूसू) के कुल्ही 4गो पद पऽ विजय पताका फहरवले बाड़े.
पूर्व मध्य रेलवे के गया-मुगलसराय रेलखंड पऽ अज्ञात अपराधी शनिवार तड़के हावड़ा-नई दिल्ली एक्सप्रेस ट्रेन के छह बोगियों में यात्रियन से जम के लूटपाट कइलन.
देश के उद्योग जगत बहुब्रांड रिटेल में 51 फीसदी प्रत्यक्ष विदेशी निवेश (एफडीआई) के सरकार के फैसला के स्वागत कइलस अउर कहलस कि एकरा से सुधारन के वापसी के संकेत मिलत बा.
बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार डीजल के दाम में बढ़ोतरी अउर रसोई गैस राशनिंग के केन्द्र सरकार के निर्णय के आम लोगन खातिर 'क्रूर मजाक' बतवलन.