कभर स्टोरी

भाजपा में आग एनडीए प आंच?
का भारतीय जनता पार्टी बिखराव के कगार प बिया कि बदलाव के दौर में? अटल-आडवाणी के बाद के दीही भाजपा के राष्ट्रव्यापी नेतृत्व? का पार्टी के मिली कवनो अइसन नेता जवन व्यक्तिगत अहं से ऊपर उठ के सबके साथ लेके चले? अउर आखिर में मगर सबसे महत्वपूर्ण सवाल ई कि का भाजपा खाली चेहरा बदली कि आपन चाल अउर चरित्रो? एही सब सवाल के जवाब तलाशे के कोशिश कइले ओंकारेश्वर पांडेय अउर अनिल पांडेय..
आगे>>>
मगजमारी
पत्थर के कीमत!
नागरिक लोगन से जादा कुछ राज्यन के शासकन के खुदे के अमर होखे के चिंता बा. पिछला कुछ बरिस से पूरा देश नेता लोग के नया-नया कारगुजारी के गवाह बन रहल बा. नेता अपना के अमर करे खातिर आपने मूर्ति बनवावे के हाड़-तोड़ कोशिश में बाड़े. नागरिक समाज होखला के चलते नेता लोगन के प्रति आभार जतावे खातिर उनकर मूर्ति के बनवावल तो स्वीकारे लायक बा, बाकिर अब त नेता लोग शर्म लिहाज छोड़ के आपने मूर्ति बनवा रहल बाड़े....
आगे>>>
पाठक के पाती
भोजपुरिया आजादी के मायने
हमनी के आजाद बानी स. अंगे्रजन से. सफेद चमड़ी वालन से. बाकिर गुलाम बानी जा. इंडिया के. करिया चमड़ी में गोर सोच वालन से. ई आजादी कब मिली? अंग्रेजन से आजाद भइला 63 साल हो गइल. बाकिर करिया चमड़ी के गोर सोच वालन के लगे ई आजादी चल गइल. आजो सांच के आजादी गांवन में नइखे पहुंचल. ...
आगे>>>